Cartoon - Omprakash Amritanshu
जतंर – मंतर चलल जाई , धरना पर बईठल जाई । हाल्ला बोल के ओहिजे से , भोजपुरी के ताल ठोकाई ।।
सुतल बा सरकार के ईच्छा, जागी कहिया कबले जागऽ हो एहसे पहिले कि भोजपुरिया के ख़ून खउले फिर ना कुरसी कबो भेंटाई , ना होई अगर सुनवाई । हाल्ला बोल के ओहिजे से भोजपुरी के ताल ठोकाई ।।
कान में ठेपी , मुहँ पे पट्टी , बान्ह के काहाँवा जईबऽ ये नेताजी कबहुँ त तु घेरा में घेरईब आपन अधिकार लिआई, माँग फिर से माँगल जाई । हाल्ला बोल के ओहिजे से भोजपुरी के ताल ठोकाई ।।
राजनीति के नीति में पिसाइल हमरो भाषा लासा अईसन लागल कि मुहँ से निकले कुभाषा चल चलके पूछल जाई, खूँटा कसके गाड़ल जाई । हाल्ला बोल के ओहिजे से भोजपुरी के ताल ठोकाई ।।
डंका बजादऽ सबके बतादऽ , गाँव – शहर – नगरिया में होईहें जुटान चलऽ हो दिल्ली राजधनिया में झंड़ा लहरावल जाई , संसद मार्च पे निकलल जाई । हाल्ला बोल के ओहिजे से भोजपुरी के ताल ठोकाई ।।
सुप्रसिद्ध हिन्दी भोजपुरी रंगमंच का अभिनेता , निर्देशक एवं लेखक..
आज ९ अगस्त बुध के दिनवा उमड़ल बाटे भिड़वा बैनर – वैनर लेके चलऽ हाथे पम्पलेटवा डेरा जम के गाड़ल जाई ललकार के चढल जाई हाल्ला बोल के ओहिजे से भोजपुरी के ताल ठोकाई ।।
ओमप्रकाश अमृतांशु
हम cartoondhun व्यंग्य चित्रों की आँगन में आपका स्वागत करते हैं..
Your email address will not be published. Required fields are marked *
Notify me of follow-up comments by email.
Notify me of new posts by email.
संगीतकार मधुकर आनंद सिंगर बन मचा रहे हैं धमाल
ठहाका ! मारते लोग रविन्द्र भारती की दाढ़ी पर
अभिनेता सत्यकाम आनंद का caricature बना
आरा का लाल विष्णु शंकर का कमाल देखो
राजेश भोजपुरिया को मातृभाषा और संस्कृति से जमीनी जुड़ाव
Facebook
© cartoondhun 2019