Artist- Omprakash Amritanshu
प्रेम के रंग में रंगाईल ना केहू होली आ गइल का हो ?
फागुन त आईल बा मालूम बा हमरो केहू फगुआ के तान सुना गईल का हो ?
कोइलिया के बोली मधिम बा बगिया में कवनो शिकारिया जाल बिछा गइल का हो ?
बसंती बेयार में अजबे से गंध बा काहे दो केहू हवा में धुआँ उड़ा गइल का हो ?
आइल होली आइल रे
ढोलक -झाल ना बिरहा बा जोगीरा सारा रारा रारा होंठवा से फेंका गइल का हो ?
पिचकारी के रंग पन्छुछुर बा काहे दो रिश्तो में मिलावटी पन आ गइल का हो ?
आज दुबक के काहे बइठल बाड़ घरवा में छिंटाकसी के कीचड़ फेंका गइल का हो ?
काहे नईखे मिलत संविधान में भोजपुरी के दरजा….
अइसन पोताईल बा हरियरका-ब्लूका रंगवा लगता मुँहवे पर गोबरा पाथा गइल का हो ?
मरऽ बेरोजगारी में रात -दिन भक्ति करऽ तु पकौड़ा के दोकान छना गइल का हो ?
सफेद कुरता – पायजामा के बोल बाला बा सफेद झूठो खरीदा गइल का हो ?
सुनले रहनी कि उड़ेला होली में रंग-अबीर कवनो फोकटे में धुर फांका गइल का हो ?
भेद-भाव, ऊँचा-नीचा, के भाव मिटी कहिया ले लागता आऊरी ऊपरा आ गइल का हो ?
देवरू कहाये के सवखे रह गइल बुढ़ऊ के लार चुआ के उलटे चटा गइल का हो ?
अश्लील गीतन के चलन बा फगुआ में खुबे संस्कृति धरण पे टंगा गइल का हो ?
जोड़ -जोड़ के पईसा जवन रखले रह जन-धन में ससुरा नीरव मोदिया उड़ा ले गइल का हो ?
भष्टाचार के दलदल में फंसलऽ देश हमार जहान में नम्बर वन गिनाई का हो ?
सीमावा पा दन-दन गोली चलवता जवानवा गवनवा करावे ना आई का हो ?
आज वीडियो कांफ्रेंस से होली के सनेस दीहें नेताजी अब ऑनलाइन होली मनावल जाई का हो ?
लकड़ी-गोईठा के बनावल सम्हत त ज़र गइल पाप के होलिका ना ज़री का हो ?
कृष्ण के होली ह राम के होरी नफ़रत के गोली चलावल ज़रूरी बा का हो ?
हम त लिखे बइठल रहनी होली पर व्यंग्य गीत आई हो दादा गजल लिखा गइल का हो ?
ओमप्रकाश अमृतांशु
हम cartoondhun व्यंग्य चित्रों की आँगन में आपका स्वागत करते हैं..
Your email address will not be published. Required fields are marked *
Notify me of follow-up comments by email.
Notify me of new posts by email.
संगीतकार मधुकर आनंद सिंगर बन मचा रहे हैं धमाल
ठहाका ! मारते लोग रविन्द्र भारती की दाढ़ी पर
अभिनेता सत्यकाम आनंद का caricature बना
आरा का लाल विष्णु शंकर का कमाल देखो
राजेश भोजपुरिया को मातृभाषा और संस्कृति से जमीनी जुड़ाव
Facebook
© cartoondhun 2019